कुशीनगर 22 फरवरी (वार्ता) कुशीनगर इलाका में अपना मेहरारू के ससुराल पहुंचावे गइल एगो आदमी अपना साली के लेके चम्पत हो गइल. एकरा बाद ओकर साला अपना जीजा के बहिन लेके फरार हो गइल.

पुलिस से पता चलल कि पटहेरवा क्षेत्र के एगो आदमी के शादी नियरे के गांव में भइल रहे. शादी का कुछ ही दिन बाद से जीजा के अपना साली से नजदीकी बढ़े लागल. चार दिन पहिले जीजा अपना मेहरारू के ससुराल चहुँपावे गइल आ मौका देखि के साली के लेके भाग गइल.

एकरा बाद ओकर साला ओकरा गाँवे आइल आ ओकरो बहिन के भगा ले गइल. बाद में दुनु पक्ष के पंचायत भइल आ दुनु दुनु के बहिनन के वापिस क दीहलें. गजब तब भइल जब पंचायत का अगिले दिने जीजा साली के फेर से भगा ले गइल.

पटहेरवा के प्रभारी थानाध्यक्ष अजय सिंह कहतारें कि ससुरालियन के तहरीर पर मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा आ जीजा साली के खोजल जा रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: