काल्हु आइल ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि उत्तर प्रदेश, पंजाब, गोवा, उत्तराखण्ड, अउर मणिपुर में होखे वाला विधानसभा चुनाव में पंजाब छोड़ हर राज्य में भाजपा सबले आगा रही. उत्तर प्रदेश, पंजाब, अउर गोवा में त्रिशंकु परिणाम आई जबकि उत्तराखंड में भाजपा के बहुमत मिल जाई.

कश्मीर के गुरेज सेक्टर में बुध का दिने बरफ के चट्टान घसकला का चलते सेना के 15 गो जवान शहीद हो गइल बाड़ें. एहमें एगो मेजर आ 14 गो जवान बाड़ें. सेना के अलावा 6 गो नागरिकनो के मौत भइल बा.

अखिलेश यादव पीएम मोदी से कहत बाड़ें कि 1 फरवरी के बजट पेश मत होखे. काहे कि चुनाव का चलते बजट में यूपी ला कवनो योजना ना बनावल जा सकी आ एहसे 20 करोड़ जनता के नुकसान होखी. कहत बाड़न कि पिछला बेर साल 2012 का चुनाव में केन्द्र सरका खुदही बजट टार दिहले रहुवे.

पश्चिम चंपारण जिला के बाल्मीकिनगर इलाका में आजु सबेरे एगो आटो रिक्शा सड़क किनारा खड़ा ट्रक से जा टकराइल आ ओह प सवार लोग घवाहिल हो गइल. दू जने के मौतो हो गइल. हादसा में पड़ल लोग यूपी के महाराजगंज जिला के सोहगी बरवा इलाका के बसही गांव से मौनी अमावस्या के नहान ला बाल्मीकिनगर के त्रिवेणी संगम आवत रहुवे.

काल्हु गोंडा जिला के कर्नलगंज कोतवाली इलाका में बस में चढ़त घरी गिर पड़ल व्यापारी के कचरइला से मौत हो गइल. व्यापारी लखनऊ जाए ला बलरामपुर डिपो के बस में चढ़त रहलन जब हैंडल छूट के ऊ नीचे गिर पड़लन आ बस का चक्का का नीचे आ गइलन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: