तरकुल से गिरते खजूर पर अटकावे के तइयारी

यूपी में चलत पंचायत चुनाव के दौर खतम होखते छात्र संघन के चुनाव के सीजन शुरु होखे वाला बा. चुनाव का चलते बहुते काम काज रुक जाला आ व्यापार उद्योग पर बहुते खराब असर पड़ेला. छात्र संघन के चुनावो आम आदमी के जीव के जंजाल बन गइल बा. पहिले का जमाना में छात्र संघ के चुनाव से बस विद्यार्थियन के मतलब रहत रहुवे बाकिर अब एह चुनाव से सगरी इलाका डेराइल रहेला. चुनाव आवते चंदा का नाम पर रंगदारी वसूली शुरू हो जाले. छात्र संघ के चुनाव अब राजनीति के पाठशाला बन गइल बा आ एहिजा से निकलल लोग अगर नेता ना बन सकल त बाहुबली बने में देरी ना करे. बहुते अइसनो लोग छात्र नेता बनल रहि जाला जिनकर नाती पोता काॅेलेज में पढ़े जोग हो गइल रहेलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up