मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मायावती सरकार का शासन काल में चार हजार करोड़ के घोटाला के बात का कह दिहलें कि बसपा छनछना गइल बिया. बुध का दिने बसपा का तरफ से सफाई दिहल गइल कि एनआरएचएम घोटाला में मायावती के कवनो हाथ ना रहल. ऊ कवनो कागजात पर ना त दस्तखत कइले बाड़ी ना ओकर कवनो जरूरत रहल.
ओने सपा सरकार ओह दौर के घोटाला से जुड़ल सगरी कागजात मुहैया करवले जात बिया आ मायावती पर गिरफ्तारी के तलवार लटकल बुझात बा.