गोण्डा जिला के इटियाथोक इलाका के पूरमे नोगा गांव में परसों बिजली के झालर लगावत घरी एक आदमी के करंट लगला से मौत हो गइल त दू जने के मौत पटाखा में विस्फोट से हो गइल. तीन अउर लोग बहुते झँउस गइल बा जवना में से दू जने के लखनऊ अस्पताल भेज दीहल गइल बा.
मऊ में पटाखा से आग लगला का चलते ताजोपुर इलाका में दूर संचार परिसर में आग लाग गइल आ लाखों के संपति के नुकसान हो गइल. दू घंटा के मेहनत का बाद दमकल विभाग एह आग पर काबू पवलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: