देवरिया,22 फरवरी(वार्ता). देवरिया के रामपुर कारखाना इलाका में गैरकानूनी शराब गोदाम पर छापा मारि के पुलिस 22 लाख रूपिया के नाजायज शराब बरामद कइलसि.
पुलिस के कहना बा कि इजरयी गांव में नाजायज शराब के धंधा होखे के खबर मिलत रहुवे. मुखबिर सूचना दिहलसि कि फगुआ का मौका पर बिहार राज्य में तस्करी से नाजायज शराब ले जाए के तइयारी चलत बा.
जानकारी मिलते पुलिस टीम इजरई गांव में नलिन त्रिपाठी का घरे दबिश दे दिहलसि. ओहिजा बनल गोदाम पर मौजूद आदमी पुलिस देखते भाग पराइल. गोदाम से पुलिस दिल्ली के बनल 22 लाख कीमत के क्रेजी रोमियो ब्रांड के 18000 शीशी शराब बरामद क लिहलसि.
दू जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज करत पुलिस जाँच शुरू हो गइल बा.