मिर्जापुर, 20 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के परीक्षा में आजु दोसरा छात्र का बदले फर्जी तरीका से परीक्षा देत एगो नवही के ध लीहल गइल.

शिक्षा विभाग के सूत्र बतावत बाड़ें कि कछवा इलाका के राजकीय बालिका इंटर कॉलेज में परीक्षा के दौरान जाँच करे आइल टीम में संयुक्त शिक्षा निदेशक कार्यालय के लेखाधिकारी त्रिभुवन प्रसाद एप फर्जी छात्र के पकड़लन. कक्षा दस के विज्ञान विषय के परीक्षा में दीपक बिन्द का बदले सतीश यादव परीक्षा देत रहुवे.

बतावल जात बा कि निरीक्षण करल घरी शक भइला पर सतीश कुमार से पूछताछ होखे लागल आ मामिला खुल गइल. सतीश बनारस के रहे वाला ह. कहल जात बा कि दीपक बिन्द का बदले अलग अलग पेपर ले अलग अलग छात्र परीक्षा देत आवत रहलें. बाकिर सतीश धरा गइल.

जाने जोग बा कि दू दिन पहिलहूं एगो विद्यालय में पइसा लेके नकल करावे का आरोप में केन्द्राध्यक्ष सहित तीन गो शिक्षकन के गिरफ्तार क के जेल भेजल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d