बलिया जिला के उभांव इलाका के मोलनापुर गाँव से बिना इजाजत मारल नील गाय के माँस ले के जात छह गो नवहियन के पुलिस रुके के इशारा कइलसि त ऊ आपन मोटरसाइकिल आ मांस वगैरह छोड़ छाड़ के भागे लगलें बाकिर पुलिस ओह में से एगो के पकड़े में कामयाब रहल. तीन गो दुपहिया गाड़ी आ ओहनी पर लादल नीलगाय के मांस बरामद भइल.