यूपी सरकार के पंचायती राज विभाग का तरफ से सगरी जिलाधिकारियन के निर्देश जारी भइल बा कि ई तय कइल जाव कि कवनो निर्वाचित महिला प्रतिनिधि के पति भा प्रतिनिधि कवनो बइठक में शामिल ना हो पावसु ना ही ओह लोग के कवनो कागजात पर दस्तखत करे दिहल जाव. अबहीं हालत ई बा कि निर्वाचित त भइल बाड़ी महिला बाकिर सगरी काम काज उनकर पति, पिता, बेटा वगैरह देखत बाड़ें.