काल्हु सोमार से यूपी में परधानी आ ग्राम पंचायत सदस्यन के चुनाव के पहिलका दौर शुरु होखत बा आ काल्हु से परदा दाखिला करे के काम शुरु हो जाई. एह दौर के परचा दाखिला मंगल ले कइल जा सकी आ 18 तारीख के परचा के जाँच होखी. ओकरा बाद लोग 20 तारीख ले आपन नाम वापिस ले सकी.
नाम वापसी का बाद अगर जरूरी भइल त 28 तारीख के वोट डालल जाई.
यूपी में परधानी आ पंचायत सदस्यन के चुनाव चार दौर में होखे वाला बा. दुसरका दौर के परचा दाखिला 19 तारीख से शुरू होखी.