पीएम मोदी के आजु वाराणसी आ तखनऊ यात्रा के कार्यक्रम तय बा. दुनू जगहा सुरक्षा के चौकस इंतजाम कइल गइल बा. कवनो प्रधालमंत्री 13 बरीस बाद तखनऊ आवेवाला बाड़न. 13 बरीस पहिले अटल बिहारी बाजपेयी जी आइल रहनी.
पीएम सबसे पहिले वाराणसी चहुँपिहें जहवाँ डीरेका के समारोह में दिव्यांगन के उपकरण, विधवावन के सिलाई मशीन बाँटल जाई आ वाराणसी से दिल्ली का बीच चले वाला महामना एक्सप्रेस के शुरुआत करइहें.
वाराणसी से निकल के तखनऊ अइहें जहवां भीमराव अम्बेदकर विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह का बाद दोसरा जगह गरीब रिक्शावालन के तिपहिया रिक्शा बँटीहें. साँझ बेरा दिल्ली लवटि जइहें पीएम.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d