चन्दौली, 20 फरवरी (वार्ता) चन्दौली में बोर्ड परीक्षा में इंटरमीडिएट के भौतिक विज्ञान के प्रश्न पत्र आउट करावे वाला गिरोह के तीन गो गुर्गन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

ज़िलाधिकारी हेमंत कुमार आ पुलिस अधीक्षक संतोष कुमार सिंह आजु पत्रकारन के बतवलें कि 15 आ 17 फरवरी का दिने जिला में यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट भौतिक विज्ञान प्रथम आ द्वितीय प्रश्न पत्र सोशल मीडिया पर वायरल भइल रहुवे आ एहसे बोर्ड परीक्षा के गरिमा खराब भइल रहुवे. एकर केस थाना चन्दौली पर लिखाइल रहल आ एह काम के करेवाला गिरोह के धरे खातिर पुलिस टीम बना दीहल गइल रहे.

जाँच में पता चलल कि केरला पब्लिक स्कूल कांजीपुर के अध्यापक जितेन्द्र कुमार मौलाना आज़ाद इंटर कॉलेज, नौदर के प्रबंधक रहूल अमीन उर्फ़ मुन्ना आ कोचिंग संचालक रंजन सिंह निवासी बछौली का साथे मिलके सोशल मीडिया पर पेपर वायरल कइले रहल. आरोपी रंजन सिंह का मोबाइल के व्हाट्सएप चैट पर भौतिक विज्ञान के परीक्षा प्रश्न पत्र मिल गइल. एकरा बाद तीनों के गिरफ्तार क के जेल भेज दीहल गइल बा.

अधिकारी इहो बतवलें कि जितेन्द्र कुमार का लगे हाथ से लिखल इंटरमीडिएट बोर्ड परीक्षा 2018 भौतिक विज्ञान प्रथम आ द्वितीय प्रश्न पत्र के छायाप्रति आ प्रश्नपत्र बिक्री के 1200 रूपिया नगद का साथे एगो मसंग मोबाइल, रहूल अमीन उर्फ मुन्ना का लगे से इहे आ बिक्री के 5000 रूपिया नगद का साथे दू गो मोबाइल फोन आ रंजनो सिंह का लगे सं परचा का साथे प्रश्नपत्र बिक्री के 2000 रूपिया नगदी आ मोबाइल फोन बरामद कइल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d