इलाहाबाद, 20 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के प्रतिष्ठित फूलपुर लोकसभा सीट ला होखत तिसरका उपचुनाव ला आजु भाजपा आ कांग्रेस के प्रत्याशी लाव लश्कर का साथे आपन आपन परचा दाखिल कर दिहलें.

भाजपा के कौशलेंद्र सिंह पटेल आ कांग्रेस के मनीष मिश्र आपन परचा आजु दाखिल कइलें जबकि सपा प्रत्याशी नागेंद्र प्रताप सिंह पटेल काल्हुए आपन परचा दाखिल क दिहले रहलन. भाजपा आ सपा के निशान प बाड़ें पटेल वोटर.

नामांकन पत्र दाखिल करे पहुंचल कौशलेन्द्र सिंह पटेल के काफिला में उत्तर प्रदेश के उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य, स्वास्थ्य मंत्री सिद्धार्थ नाथ सिंह, स्टांप अउर नागरिक उड्डयन मंत्री नंद गोपाल गुप्ता ‘नंदी’, आ महापौर अभिलाषा गुप्ता नंदी समेत बड़हन संख्या में कार्यकर्ता पहुंचले जबकि कांग्रेस के मनीष मिश्र के काफिला में आल इंडिया वर्किंग कांग्रेस कमेटी के सदस्य शेखर बहुगुणा, वरिष्ठ नेता प्रमोद तिवारी, पूर्व विधायक अनुग्रह नारायण सिंह समेत अनेके नेता आ कार्यकर्ता शामिल भइलें.

काल्हु बुध का दिने परचा के जाँत का बाद 23 फरवरी ले नाम विपसी कइल जा सकी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: