बलिया, जौनपुर, सोनभद्र से हादसा आ अपराध के खबर

जौनपुर जिला में लाइन बाजार इलाका के सीहीपुर गाँव का लगे एगो ट्रक से दबा के बढ़ौली अहिरान गाँव के एगो मेहरारू के मौत हो गइल आ ओकर बेटा बहुते घाहिल हो के अस्पताल में जिनिगी आ मौत का बीच झूलत बा. ई लोग बाइक से जात रहुवे जब ई हादसा भइल.
सोनभद्र में चोपन बस स्टैंड का लगे सड़क किनारे खड़ा लोग के कचारत एगो ट्रक दुकान में जा घुसल. एह हादसा में दू जने के मौत ठाँवे पर हो गइल. ट्रक कई गो वाहन आ मोटरसाइकिल के धसारत आइल रहुवे.
बलिया जिला के भीमपुरा इलाका में मंगल अधरतिया में कुछ डकैत एके रात में चार जगहा लूट पाट कइलें. दस किलोमीटर का एरिया में एह बदमाशन के लूट पाट में लाखो के संपति लूटा गइल आ लूटेरा आराम से निकल गइलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up