• ‘मुए’ से पहिलहीं मर चुकल रहली अमरमणि त्रिपाठी के पतोहु. सड़क हादसा में सारा के मौत के खबर ले के थाना चहुँपल अमनमणि त्रिपाठी के ओहि दिने पकड़ के जेल मे डाल दिहले रहुवे पुलिस. अब पोस्टमार्टम में बतावल गइल बा कि सड़क हादसा होखे का पहिलहीं सारा के फेफड़ा जख्मी रहुवे आ छाती के कई गो बाती टूट गइल रहुवे. बापे पूत परापत घोड़ा, बहुत नहीं त थोड़ा थोड़ा.
  • जौनपुर के मुफ्तीगंज बाजार में अतवार का दिने दू गो समुदाय का बीचे तनातनी पसर गइल. एक समुदाय के लोग शिकायत ले के सड़क उतर आइल कि फेसबुक पर ओह लोग का खिलाफ टिप्पणी कइल गइल बा. कस्बे के एगो नवही अपना फेसबुक वाल पर जोधाबाई-अकबर आ एगो नेता के परिजन लेके कुछ लिख दिहले रहुवे. जब ओह पर नजर पड़ल त लोग के नाराजगी बढ़त गइल आ दिन मे भीड़ थाना घेर लिहलसि. जानकारी मिलते एसपी पूरा फोर्स ले के चहुँपलन. फोर्स देख भीड़ छटक गइल. बाद में पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर इलाका में तनाव मौजूद बा.
  • आजमगढ़ के मेंहनगर के मौलिया गाँव में एगो कच्चा मकान भस गइला से एगो मेहरारू ओकरा नीचे दबा के मर गइल. एगो नवही घवाहिल हो गइल बा बाकिर चार बरीस के एगो बच्ची सकुशल बाच गइल बिया.
  • आजमगढ़ के सिकन्दरपुर गाँव के एगो बारह बरीस के लड़िकी के मौत साँप कटला का चलते हो गइल. पहिले त परिवार वाले झाड़फूंक करावे में समय बीता दिहलें आ बाद में जब हालत बिगड़े लागल तब एगो डाक्टर किहाँ ले गइल लोग बाकिर तबले ओकर मौत हो चुकल रहुवे.
  • बलिया के घोड़हरा मे आपन भूत भगवावे आइल बक्सर के सिमरी इलाका के राजपुर गाँव के एगो औरत के मौत सोखा के झाड़फूंक का दौरान हो गइल. पचपन बरीस के एह मेहरारू के कपार पर कपूर राख के सोखा ओहमें आग लगा दिहलसि आ छटपटाइल औरत बगल में जरावल आग में गिर के मर गइल. एह घटना के देखते सोखा विमल पासवान परा गउवे. पुलिस अब ओकरा तलाश मे बिया.
  • सतीश चंद कालेज छात्र संघ के अध्यक्ष रहल आशुतोष पांडेय के पुलिस बिजली किल्लत का खिलाफ आन्दोलन करे का मामिला में गिरफ्तार कर लिहले बिया. एकरा बाद छात्र संघर्ष समिति कुवंर सिंह पीजी कालेज में बइठक क के आपन विरोध जतवलसि आ कहलसि कि एकरा खातिर अब बड़हन आन्दोलन कइल जाई. अतवार का दिने कालेज चौराहा पर जिला प्रशासन के पुतला फूंकल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: