बलिया सिकन्दरपुर रोड पर बोड़िया गांव का लगे एगो स्कूल बस आ आल्टो के टक्कर में पाँच जने घवाहिल हो गइलें. आल्टो पर कैथवली गाँव के एगो परिवार सवार रहुवे.

चंदौली के सैयदराजा इलाका के नौबतपुर गांव का लगे काल्हु शुक का सबेरे रेल लाइन पार करत घरी एगो लड़िका के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल.

आजमगढ़ के देवगांव कोतवाली के खनियरा गाँव में खंभा पर तार जोड़े चढ़ल एगो प्राइवेट लाइन मैन के करंट लगला से मौत हो गइल. एही थाना के रुद्रपुर में रोडवेज बस से कचरा के उसरौली गाँव के एगो फेरीवाला के मौत हो गइल.

सोनभद्र जिला के रायपुर इलाका के चकया गाँव का नियरा तिवारी बांध का नाला पर एगो नवही आ नवहीन के लाश मिलल. दुनू के गोली लागल बा. पुलिस के कहना बा कि पहिले नवहिन के गोली मार के मुअवला का बाद नवही अपनो के गोली मार लिहले होखी.

मऊ के मुहम्मदाबाद में मैट्रिक परीक्षा में पेपर खराब गइला का बाद घरवालन के डांट से नाराज एगो लड़िकी ट्रेन का सोझा आ के आपन जान दे दिहलसि.

बलिया के सिकन्दरपुर इलाका के बघुड़ी गाँव के एगो मेहरारु के मौत मधमाछियन के कटला से हो गउवे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: