• बलिया काल्हु अपना दाढ़़ी बाबा युवा तुर्क आ देश के प्रधानमंत्री रहल स्व. चंद्रशेखर के जयन्ती मनवलसि आ कई जगहा एकर कार्यक्रम आयोजित भइल.
  • बलिया जिला में कमाई करत झोला छाप डाक्टरन के धरे पकड़े खातिर एगो टीम बनावल गइल बा जवना में एसडीएम, सीओ अउर ओह इलाका के डिप्टी सीएमओ रहीहें.
  • फर्जी कंपनी खोलके पब्लिक से करोड़ों रुपिया जमा करा के ठगी करे के एगो आरोपी के जमानत अर्जी बुध का दिने बलिया जिला के एगो अदालत से खारिज हो गइल.
  • फेफना इलाका के कपूरी गांव में बुध का दुपहरिया सेना के एगो जवान जहर खा के जान दे दिहलसि. पचीस बरीस के आशीष ओझा सेना के सिपाही रहुवे आ कवनो पारिवारिक विवाद का चलते जान दे दिहलसि.
  • बलिया जिला के बैरिया इलाका के सुरेमनपुर चौकी इंचार्ज से हाथापाई करे वाला एगो नवही से खिसियाइल पुलिस वाले बाद में सगरी बाजार के दुकानदारन के चहेट मरलन.
  • मुंबई जाए वाली पवन एक्सप्रेस मंगल रात आवे वाली ट्रेन बुध का भोरे सुरेमनपुर टीसन चहुँपल बाकिर ट्रेन में भारी भीड़ का चलते डिब्बन में पहिले से बइठल सवारी दरवाजा ना खोले दिहलन जवना चलते बहुते लोग के ट्रेन छूट गइल. एह से खिसियाइल लोग ट्रेन पर जम के पथराव क दीहल जवना का बाद कुछ डिब्बा के दरवाजा खुलली सँ आ कुछ लोग चढ़ पावल. हालांकि रेल पुलिस एह बात के जानकारी ना होखे के दावा करत बिया.
  • पाँच महीना पहिले सुखपुरा इलाका के एगो गाँव के औरत एगो लड़िकी के बहका के ले आइल आ अपना घर में बंद राख के अपना देवर का हवाले कर दिहलसि. एह मामिला में गाभिन हो गइल लड़िकी का शिकायत पर देवर भउजाई दुनू पर मुकदमा दर्ज हो गइल बा.
  • मिर्जापुर जिला के बरौध कचार निवासी आ सोनभद्र में पीएसी के दारोगा के बुड़बक बना के उनुके से फोन पर जानकारी ले लिहलें सँ ठग आ पाँच मिनट का भितरे उनकर खाता साफ कर दिहलन स. खाता में करीब सवा लाख रुपिया रहुवे.
  • स्कूलन के मान्यता देबे आ डीआइओएस के तैनाती में भठियरपन करे के आरोप यूपी के शिक्षा मंत्री महबूब अली पर लगावल गइल बा जवना के जाँच अब लोकायुक्त किहाँ होखी.
  • यूपी के पंचायतन के आबादी में बदलाव का चलते अब अनुसूचित जाति के आरक्षित कोटाकम कर के पिछड़ा वर्ग के आरक्षित सीट बढ़ावल जा रहल बा. पंचायतो अब पहिले के बावन हजार से बढ़ के उनसढ हजार हो गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: