चिट्ठी डालत अपराधी

बलिया के एगो मशहूर हड्डी रोग सर्जन के आफिस में चिट्ठी डाल के मांगल गइल बा तीन करोड़ रुपिया के रंगदारी आ ना दिहला पर जान मारे के धमकिओ दीहल गइल बा.

मंगल के फजीरे उनुका क्लिनिक में एगो नकाबपोश चहुँपल आ काउन्टर पर एगो चिट्ठी छोड़ गइल. ओह बेरा क्लिनिक के आफिस बन्द रहुवे से केहू के तब ले पता ना चलल रहुवे जबले क्लिनिक के व्यवस्थापक आ सर्जन के छोट भाई के मोबाइल पर फोन क के एगो आदमी पुछलसि के खबर मिलल कि ना ? उनुका त मालूमे ना रहुवे से पूछलनि कि का त कहलसि कि काउन्टर पर से चिट्ठी मंगवा ल होश उडि जाई. ओकरा बाद काउन्टर पर से चिट्ठी मंगावल गइल त ओहमें लिखल रहुवे कि तीन करोड़ बान्हि के राख ना त जियल मुहाल हो जाई.

ओकरा बाद बलिया कोतवाली में केस दर्ज करावल गइल बा आ पुलिस एह मामिला के तहकीकात करे में जुट गइल बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: