शनिचर देर रात बलिया जिला के बाँसडीह में बहादुरगंज मुहल्ला में एगो कपड़ा के दुकान एसकेटी साड़ी सेंटर में आग लाग गइल. एह आग से करीब बीस लाख रुपिया के कपड़ा जर गइल. बलिया बांसडीह सड़क खराब रहला का चलते दमकल के गाड़ी चहुँपे में दू घंटा से अधिका लाग गइल आ तबले सबकुछ राख हो गइल. अगल बगल के लोग पानी आ बालू फेंक फेंक के केहू तरह आग पर काबू पावल.
संजोग अतने भर रहल कि कवनो आदमी के शारीरिक नुकसान ना चहुँपल.