जौनपुर , 14 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर जिला में बाप का आशनाई का चलते ओकरा मासूम बेटा के बेरहमी से कत्ल हो गइल.
पुलिस से पता चलल बा कि मुंगरा बादशाहपुर इलाका के एगो गांव में पिछला 8 अप्रैल के एगो शादी समारोह से एगो मासूम लड़िका के अपहरण क के ओकर कत्ल क दिहल गइल.
हत्यारन के शुक का दिने पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम गिरफ्तार कर लिहलसि. ओहनी से पूछताछ में हत्या का पाछे ओह लड़िका के आशनाई के मामिला सामने आइल. कत्ल में इस्तेमाल होखे वाला चाकूओ बरामद हो गइल बा.
बतावल जात बा कि सरफराज नाम के एह आदमी के ओकरे गाँव के फकरे आलम के बीबी से नाजायज संबंध चलत रहुवे. फकरे आलम ओकरा के एहसे बाज आवे के कई बेर कहलसि बाकिर सफराज आपन आशनाई जारी रखलसि. एही चलते ओह दिल फकरे अपना भाई सेबू का साथे मिलके सरफराज के मासूम बेटा सुहेल के एगो शादी समारोह से उठआ लिहलसि आ धारदार हथियार से ओकर बेरहम कत्ल क के लाश नाला में फेंक दिहलसि.
पुलिस एह हत्यारन के निभापुर गांव का लगे से ओह समय धर दबोचलसि जब ई इलाहाबाद भागे का फिराक में रहले सँ.