देवरिया, 20 फरवरी (वार्ता). देवरिया जिला जेल में बन्द कुख्यात नेता अतीक अहमद इलाहाबाद के फूलपुर संसदीय क्षेत्र से चुनाव लड़े खातिर जरुरी कागजात अपना वकील का जरिए निर्वाचन आयोग के भेजले बाड़न.
जेल अधीक्षक डीके पाण्डेय आजु ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि अतीक अहमद के पिछला साल तीन अप्रैल के नैनी जेल से देवरिया जिला जेल में ले आइल गइल रहे. आजु सबेरे ऊ अपना वकील आर बी सिंह के जिला जेल बोलवले हँ आ फूलपुर लोकसभा क्षेत्र से होखे जात उपचुनाव खातिर बतौर निर्दल उम्मीदवार परचा दाखिल करे ला कागजातन के औपचारिकता पूरा कइले हँ.
अतीक अहमद से पर्चा दाखिल करे वाला कागजातन पर दस्तखत करवा के उनुकर वकील इलाहाबाद रवाना हो गइल बाड़ें.