गोरखपुर 20 फरवरी (वार्ता). गोरखपुर लोकसभा सीट के उपचुनाव में समाजवादी पार्टी, पीस पार्टी आ निषाद पार्टी के साझा प्रत्याशी इंजीनियर प्रवीण निषाद के महतारी आ निषाद पार्टी के अध्यक्ष संजय निषाद के पत्नी मालती निषादो आपन परचा दाखिल कइले बाड़ी.

आजु आखिरी दिने श्रीमती मालती निषाद निर्दल रूप से आपन परचा दाखिल कइली आ कहली कि चुनाव मैदान में केहू केकरो सम्बंधी ना होखे. कहली कि योगी आदित्यनाथ के एह सीट पर उहे जीतिहें काहें कि उनुका पर जनता के आशीर्वाद बा.

एह उपचुनाव में कुल 17 प्रत्याशी आपन परचा भरले बाड़ें. सपा से इंजीनियर प्रवीण कुमार निषाद काल्हु आपन परचा दाखिल कइले रहलें. भाजपा से उपेन्द्र शुक्ल आ कांग्रेस से डा0 सुरहिता चटर्जी करीम प्रत्याशी बाड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d