गुजरात से कमाई क के घरे लवटत एगो नवही ट्रेन से वाराणसी आइल आ ओहिजा से प्राइवेट बस पकड़ के गाजीपुर चहुँपल. एहिजा रौजा बस स्टैंड पर उतरत घरी ओकरा के पीछे से आवत एगो ट्रक कचारत निकल गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. नवही सुहवल थाना के बड़ौरा गाँव के रहुवे.
मिर्जापुर के धरहरा गाँव से एगो सात बरीस के लड़िका के लाश खेत में फेंकल मिलल. ई लड़िका पिछला 28 नवंबर से लापता रहुवे आ घरवाले खोजे में परेशान रहलन. अब सोमार का भोरे ओकर लाश अरहर के खेत में फेंकल मिलल. घरवालन के कहना बा कि ओह लोग के केहू से दुश्मनी नइखे एहसे ई खून काहे भइल एकर थाह नइखे लागल अब ले.
जौनपुर जिला के केवटली गाँव के सर्राफा व्यवसायी वीरेन्द्र सेठ से दस लाख रुपिया के रंगदारी माँगे वाला तीन गो बदमाशन के सर्विलांस का आधार पर पुलिस ध लिहले बिया. पकड़ाइल बदमाशन के नाम गगन, मुरारी आ रोहित बतावल जात बा आ तीनो के पुलिस चालान कर दिहले बिया. .
आजमगढ़ का फुलेहरा गाँव के रहेवाला एगो आदमी के मौत मंदुरी बाजार का नियरा स्कार्पियो से कचरा के हो गइल. अपना बेटी के ससुरारी आइल आदमी साइकिल से अपना गाँवे लवटत रहलन जब ई हादसा हो गइल. घवाहिल आदमी के अस्पताल चहुँपावल गइल जहाँ इलाज का दौरान उनकर मौत हो गइल.
बलिया सिकन्दरपुर रोड पर आसन गाँव का नियरा सड़क पर खड़ा एगो ट्रैक्टर से टकरा के एगो टेम्पो पलट गइल. एह हादसा में पिपरा कला के एगो नवही के मौत हो गइल आ तीन जने गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.