पिछला २४ तारीख के भइल पहिला दौर का बाद निकाय चुनाव के दुसरका दौर आज चले वाला बा. पिछला दौर में बलिया,बनारस समेत कई जिलन में मतदान करावल गइल रहे. आजु आगरा, इलाहाबाद, कानपुर, गोरखपुर, बरेली में मतदान करावल जाई. सगरी दौर का बाद मतगणना सात जुलाई के करावल जाई. बलिया का चुनाव में सपा, बसपा आ भाजपा में कड़ा मुकाबला बतावल जात बा हालांकि सपा आ बसपा का तरफ से पार्टी आधार पर कवनो उम्मीदवार ना दिहल रहे. बाकिर साधना गुप्ता आ कमला जायसवाल का पाछा सपा आ बसपा के सगरी कार्यकर्ता लागल रहलें. भाजपा से गीता सिहं के उम्मीदवार बनावल गइल रहे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d