बियफे का दिने दिल्ली में भइल एगो समारोह में यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना रहे कि बड़हन राज्य देशहित में होला। कहलन कि छोटका राज्यन में राजनीतिक अस्थिरता देखे के मिलेला। पूछलन कि का छोटका राज्यन के सगरी समस्या खतम हो गइल बा?
जाने जोग बा कि बड़हन राज्य के हिस्सा होखला का चलते भोजपुरी इलाका पूर्वांचल बहुते पिछुआ गइल बा आ हर सरकार में एकरा साथे मयभावत बेवहार होखत आइल बा। पूर्वांचल के अलग राज्य बनला बिना एहिजा के लोग के कल्याण नइखे होखे वाला।
ओही समारोह में शामिल अनेके मुख्यमंत्री छोटहन राज्य के तरफदारी कइलन।

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d