यूपी के शिक्षामित्रन ला राहत के खबर बा कि ओह लोग के मामिला के अगिला सुनवाई से पहिलहीं बकाया के भगतान मिल जाई. सुनवाई 24 फरवरी के होखेवाला बा. एह से शित्क्षा विभाग चाहत बा कि 10 फरवरी ले पूरा भुगतान मिल जाव एह लोग के.

ओने बेसिक शिक्षा पदाधिकारियन के कहना बा कि जबले एहलोग के दिहल प्रमाणपत्रन के जांच नइखे लिहल जात तबले भुगतान कइला में दिक्कत बावे. काहे कि अगर प्रमाणपत्र फर्जी निकलल त वसूल करे में दिक्कत हो जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d