यूपी के ग्राम प्रधान आ ग्राम पंचायत सदस्य पद खातिर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना शनिचर 7 तारीख के होखे वाला बा. राज्य निर्वाचन आयुक्त सतीश कुमार अग्रवाल आजु लखनऊ में बतवलन कि चुनाव चार दौर में करावल जाई आ 59162 ग्राम प्रधान आ सात लाख से अधिका ग्राम पंचायत सदस्यन के चुनाव कइल जाई.
पहिला दौर के मतदान 27 नवंबर का दिने, दुसरका दौर के 1 ली दिसंबर का दिने, तिसरका दौर के चुनाव 5 दिसंबर के आ चउथा दौर के चुनाव 9 दिसंबर के करावल जाई. सगरी दौर के वोट के गिनिती एके दिन 12 दिसंबर के सबेरे 8 बजे से शुरु करावल जाई.