pub-4188398704664586

यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा

by | Dec 10, 2015 | 0 comments

काल्हु बुध का दिने यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा हो गइल. एहू दौर में छिटपुट वारदात छोड़ कवनो बड़हन घटना ना भइल. अलबत्ता गाजीपुर जिला में मीरपुर सोनबरसा गाँव के परधान रहल आ मौजूदा चुनावो में परधानी के उमीदवार पचास बरीस के मिरी राम के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. एह घटना का बाद खिसियाइल लोग के विरोध प्रदर्शन का चलते कुछ देर ला चक्का जामो लगावल गइल.
कुछ जिला में काल्हु का बदले आजु वोट डालल जात बा. अइसन आठ गो जिला बाड़ी सँ. गौतमबुद्ध जिला में तकनीकि कारण से अबकी वोट नइखे करावल जात.
सगरी दौर के वोट गिने के काम तेरह तारीख के होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586