शनिचर 5 दिसंबर के होखे वाला पंचायत चुनाव के तिसरका दौर खातिर प्रशासनिक तइयारी अब अपना आखिरी चरण पर बा आ ओने उमीदवार लोग अपना प्रचार में रात दिन एक कइले बा लोग. आजु साँझ से खुला प्रचार बंद हो गइल बाकिर मुँहा मुँही प्रचार चरम पर चलत बा.
शनिचर का चुनाव में 208 ब्लाकन के 15115 परधान आ 120311 पंचायत सदस्यन के चुनाव होखी. पंचायत सदस्य खातिर कमे लोग के परचा दाखिल भइला का चलते अनेके जगहा निर्विरोध चुनाव हो जाई.
कुछ जिलन में तिसरका दौर के चुनाव सात तारीख के होखी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: