यूपी के पंचायत चुनाव के तिसरका दौर शनिचर का दिने सकुशल निपट गइल. नक्सल प्रभावित मिर्जापुर, सोनभद्र, अउर चन्दौली जिला में साँझ चारे बजे वोट डाले के काम पूरा करा लीहल गइल जबकि बाकी जिलन में साढ़े चार बजे ले वोटिंग करावल गइल. पिछलका दुनू दौर का तरह तिसरको दौर में छिटपुट हिंसा के खबर बा.
मैनपुरी के करहल इला का के मढ़ापुर गांव में प्रधानी के दू गो उम्मीदवारन के समर्थकन का बीच गोली चले के खबर बा जवना से एक आदमी घवाहिल हो गइल. एहिजा तीन जने के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया.
बलिया के बांसडीह इलाका के भीखमपुर में बाराबंकी के कोठी इलाका के सरसा गांव में, आ गाजीपुर के मरदह ब्लाको में दू गुटन का बीच मारपीट होखे के खबर बा जवना से नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
सात जिला के तिसरका दौर के मतदान सोमार 7 तारीख के होखे वाला बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d