इटावा, 01 जून (वार्ता). यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना इटावा दौरा में विकास भवन बोलावल पुलिस आ प्रशासनिक अफसरन के समीक्षा बैठक में सख्त निर्देश दिहलन कि भू-माफिया, खनन माफिया अउर जंगलमाफियन का खिलाफ गुण्डा एक्ट में कार्रवाई कइल जाव. शिक्षक समय से विद्यालय में उपस्थित होखसु लोग, प्राथमिक विद्यालयन में बालक,बालिकन ला अलग-अलग शौचालय बनावल जाव, विद्यार्थियन के जल्दी से किताब दीहल जाव, सड़कन के गड़हामुक्त बनावल जाव आ बिजली आपूर्ति में सुधार ले आवल जाव.