यूपी में डाक्टरन के कमी देखत सरकार के फैसला बा कि राज्य में एमबीबीएस कोर्स में दाखिला के 1740 सीट बढ़ावल जाई. सरकार चिकित्सा विभाग के एह दिसाईं सगरी इन्तजाम तेजी से करे के निर्देश दे दिहले बिया.
एह काम खातिर पहिले से मौजूद 13 गो मेडिकल कॉलेजन का अलावे जौनपुर, चंदौली आ नजीबाबाद में खोलल जाए वाला मेडिकल कॉलेजन के काम तेजी से पूरा करे के कह दिहल गइल बा.