उत्तर प्रदेश विधानसभा के बजट सत्र के कार्यक्रम तय हो गइल बा. सत्र 29 जनवरी से शुरु हो के 11 मार्च ले चलावल जाई. काल्हु एकर शुरुआत राज्यपाल राम नाईक के अभिभाषण से होखी.

मुख्यमंत्री अखिलेश यादव 12 फरवरी के बजट पेश करीहें.

बजट सत्र बढ़िया से चले एह ला राय विचार करे खाति आजु बियफे का दिने विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय आ मुख्यमंत्री के बोलावल सर्वदलीय बइठक होखी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: