लखनऊ,25 मार्च (वार्ता). मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु रामनवमी के मौका पर गोरखपुरवासियन के स्पाइस जेट के नया विमान सेवा के झण्डी देखाके तोहफा दिहनी.

गोरखपुर एयरपोर्ट पर आयोजित कार्यक्रम में महाराज जी एकर पहिला उड़ान के हरियर झण्डी देखा के रवाना करवनी. एह मौका पर प्रदेश के नागरिक उड्डयन मंत्री नन्द गोपाल गुप्ता ’’नन्दी’’, आ महापौर सीताराम जायसवाल समेत जिला प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारी आ एयरपोर्ट के अधिकारीगण उपस्थित रहलें.

जाल जाईं कि अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर आवागमन का हिसाब से गोरखपुर खातिर ई बहुते खास बाति बा. स्पाइस जेट (सिटिंग कैपेसिटी 72) एटीआर का जगहा अब स्पाइस जेट बोइंग 186 यात्रियन के क्षमता वाला विमान गोरखपुर से दिल्ली के उड़ान भरल करी. गोरखपुर से दिल्ली के दूरी 80 मिनट में तय करेवाला एह हवाई सेवा के किराया महज 2,999 रुपिया होखी.

एह सुविधा का चलते अब आमो आदमी गोरखपुर से दिल्ली का बीच हवाई यात्रा कर सकीहें. एही चलते आजु के पहिला उड़ान यात्रियन से पूरा भरल रहुवे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d