मंगल का दिने लखनऊ में बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य आ नसीमुद्दीन सिद्दिकी के नेतृत्व में बसपा कार्यकर्ता धरना दिहलें. एह लोग एह बात के खिलाफ धरना दिहल कि लखनऊ के अम्बेदकर हरित पार्क के नाम बदल के जनेश्वर मिश्र पार्क काहे कइल गइल. बसपा के कहना बा कि एहसे सपा के दलित विरोधी मानसिकता जग जाहिर हो गइल बा. बसपा के कहना बा कि अगर जनेश्वर मिश्र का नाम पार्क बनावहीं के रहल त दोसरा जगह बना दिहले रहीत.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: