आजमगढ़ जिला के सदर इलाका के दलसिंगार मुहल्ला में शनिचर का साँझ विधायक रहल रामबली यादव के बेटा महेन्द्र यादव के गोली मार दीहल गइल. गोली मारे के घटना घर का लगहीं भइल आ जब घाहिल नवही घर का अहाता में जान बचावत भागल त अपराधी ओहिजा ले ओकरा के चहेट मरलें.
घाहिल महेन्द्र के वाराणसी रेफर क दीहल गइल बा जहाँ उनकर हालत खराब बतावल जात बा. एह घटना का बारे में केहु कुछ बोले के तइयार नइखे होखत. घरो के लोग कहत बा कि केहु से दुश्मनी नइखे ओह लोग के.