काल्हु सोमार का दिने सुप्रीम कोर्ट अपना फैसला में यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के हटवला पर रोक लगा दिहलसि. कहलसि कि अतना बड़हन संख्या में होखे वाला बरखास्तगी से बहुते तरह के मानवीय समस्या उठ खड़ा होखी आ एहसे एह तरह के फैसला ना लीहल जा सके. बाकिर साथही इहो कह दिहलसि कि ओकरा फैसला से एह लोग के नौकरी पर हक ना मिल जाई आ आखिरी फैसला अदालतन में चलल मुकदमा के आवे वाला फैसलन पर निर्भर करी.
एह फैसला का बाद शिक्षा मित्रन का परिवार में खुशी के लहर दउड़ गइल बा आ काल्हु कई जगहा ई लोग दिवाली जइसन जश्न मनवलसि. शिक्षा मित्रन के तीन हजार रुपिया के मानदेय पर संविदा पर राखल गइल रहुवे बाकिर राजनीतिक फायदा उठावे ला सपा एह लोग के नियमित शिक्षक का रुप में तीस हजार के वेतन पर बहाल करे के फैसला ले लिहलसि. एकरा बादे शुरू भइल अदालती कार्रवाईयन के दौर आ एह लोग के नौकरिए पर खतरा आ गइल. कई जाने मुफलिसि में जान दे दिहलें त कई जाने का परिवार में फाकाकशी के जमाना आ गइल. अब सुप्रीम कोर्ट मानवीय आधार पर एह लोग के हटावे पर रोक लगा दिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d