देवरिया, 20 फरवरी(वार्ता). देवरिया जिला के भलुअनी इलाका में सड़क किनारे खड़ा ट्रक से बोलेरो के जा टकरइला का चलते ओह पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू जने घाहिल हो गइलें.

पुलिस से मालूम भइल कि सदर कोतवाली इलाका के कठिनईया गाँव के नृपेन्द्र सिंह काल्हु सँझिया अपना बोलेरो से भटनी में शादी में शामिल हो के अपना दोस्तन का साथे लनटक रहलें. भलुअनी का बारीपुर चौराहा का लगे उनुकर बोलेरो सड़क किनारे खाड़ ट्रक से जा टकराइल. एह हादसा में नृपेन्द्र सिंह (34) आ लोकेश रावत (26) के मौत ठाँवे प हो गइल.

मनोज रावत आ शोभित सिंह घवाहल हो के बायल बाड़ें बाकिर मनोज के हालत खराब देखि के उनुका के बाहर के अस्पताल में रेफर क दीहल गइल बा. पुलिस मामिला के जांच करत बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: