बलिया जिला के मनियर इलाका के छितौनी गाँव के कृष्णा सिंह लड़की के घरवालन के मर्जी के खिलाफ सुखपुरा के एगो सजाते लड़की से शादी कइले रहलन. हाल में एक दिन कवनो बात पर दुनू बेकत में झगड़ा हो गइल जवना का बाद लड़की के घरवाले ओकरा के ले के नईहर चल गइले. ओकरा के मनावे खातिर ससुरारी से लोग गइल बाकिर ना मानल त हार पाछ के अधरतिया में कृष्णा खुदे चहुँपलन.
ओकरा बाद बतावल जात बा कि आवाज सुन के कृष्णा के सास बाहर निकलली. देखली दामाद कट्टा ले के खड़ा बा त दरवाजा बंद क लिहली. बाद में गोली चले के आवाज सुन के सभे दउड़ल त देखल कि गोली कनपटी पार क के पीछे से निकल गइल बा आ कृष्णा के खोपड़ी उड़ गइल बा.
गोली के चलावल भा एन मौका पर असल में का भइल से पक्का से नइखे कहल जा सकत. कृष्णा के घर वालन के कहना बा कि ओकर हत्या क दीहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d