सांसद आदर्श ग्राम योजना के तहत अपना निर्वाचन क्षेत्र वाराणसी के एगो अउर गांव के विकसित करे बदे प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ओकरा के गोदी ले लिहलें. ई गाँव ह पिछड़ा जातियन के बहुलता वाला गांव नागेपुर.

प्रधानमंत्री मोदी दू बरीस पहिले जयापुर गांव के चुनले रहले आ अब एगो अउर गाँव के कायाकल्प करे जात बाड़ें.

एह बात के जानकारी देत वाराणसी के मुख्य विकास अधिकारी मीडिया के बतवलन 20 मार्च ले नागेपुर का बारे में प्राथमिक सर्वेक्षण रपट देबे के कहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: