सात गो मोबाइल फोन के साथे चार गो चोर गिरफ्तार

देवरिया, 20 फरवरी (वार्ता). देवरिया जिला के रामपुर कारखाना इलाका में आजु पुलिस चोरी के सात गो मोबाइल फोन का साथे चार गो चोरन के गिरफ्तार कइले बिया.

अपर पुलिस अधीक्षक सुरेन्द्र बहादुर बतवलन कि पुलिस के पता चलल रहे कि दू गो मोटरसाइकिल से चार गो संदिग्ध लोग आवत बाड़ें. एहसे पुलिस चौकन्ना रहुवे. पाण्डेय चक का लगे दू गो मोटरसाइकिलन से चार जने आवत लउकलें. बाकिर ऊ सब पुलिस के देखिके भागे लगलें त पुलिस ओहनी के चहेट के पदड़ लिहलसि.

बतवलन कि एह चारन में संजय तिवारी, सूरज तिवारी पुत्र राजू तिवारी, विकास कुमार तिवारी आ सूरज तिवारी पुत्र पप्पू तिवारी शामिल बाड़ें. ओहनी का लगे से सात गो चोरावल मोबाइल सेट, दू गो मोटरसाइकिल आ दस हजार रूपिया नगद बरामद कइल गइल. चारों बिहार के रहे वाला हउवें सँ आ मोबाइल सेट चोरा के बेचे के काम करत रहले सँ.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up