जौनपुर, 22 फरवरी(वार्ता). जौनपुर में माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाई स्कूल आ इंटर परीक्षा के सीलबंद उत्तर पुस्तिका के एगो बंडल सड़क पर पड़ल मिलल बा.

एह बंडल के मोहम्मद हसन पीजी कॉलेज के बीएससी के एगो छात्रा देखलसि आ तुरते उठा के कोतवाली पुलिस क सउँप दिहलसि. कोतवाल जब डीआईओएस के कापी बरामद होखे के खबर दिहलन. एकरा बाद शिक्षा विभाग के अधिकारी कोतवाली से बण्डल लेके संकलन केन्द्र में जमा करा दिहलें.

पुलिस के अनुसार जफराबाद इसलाका के रामनगर भड़सरा गांव के सत्येद्र कुमार शर्मा के बेटी खुश्बू शर्मा मोहम्मद हसन पीजी कालेज में बीएससी के छात्रा हई, काल्हु कॉलेज से घरे लवटत बेरा ऊ नवाब युसुफ रोड़ पर यूपी बोर्ड परीक्षा के कापियन के सीलबंद बण्डल गिरल देखली. बण्डल उठवली त ओह पर कुंवरदह इण्टर कालेज के इण्टर मीडिएट द्वितीय प्रश्न पत्र के कुल 26 गो कापी होखल लिखल रहुवे. तब सूझबुझ देखावत ऊ बण्डल ले जो के कोतवाली पुलिस के दे दिहली.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: