जौनपुर के शाहगंज इलाका में बुध का दिने बड़ागाँव कोहंड़ा रोड पर साउथ इण्डियन स्कूल के एगो बस लटकत हाई वोल्टेज तार से छुआ गइल आ ओह पर सवार दू गो छात्र झँउस गइले सँ. दुनू के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. ड्राइवर बस छोड़ के परा गइल आ पुलिस बस के कब्जा में ले लिहले बिया.