25 हजार कर्मचारियन के नियमित कइलसि यूपी सरकार

31 मार्च 2001 आ ओकरा पहिले से दैनिक मजूरी भा संविदा पर काम करत आवच 25 हजार कर्मचारियन के अब यूपी सरकार आपन नियमित कर्मचारी मान लिहले बिया.
एकर शासनादेश जारी करत एगो पेंचो फँसवले बिया सरकार कि ओही लोगन के नियमित कइल जाई जे बहाली के बेरा जरुरी योग्यता राखत रहुवे.
ओने एगो अउर फैसला में शिक्षामित्रन के सहायक शिक्षक का पद पर बहाल करे पर रोक लगावे वाला इलाहाबाद हाई कोर्ट के फैसला पर लागल रोक के समय सीमा बढ़ा के सुप्रीम कोर्ट 11 जुलाई क दिहले बावे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up