आजु संसद के दुनु सदनन के संयुक्त बइठक के संबोधित करत राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द जी कहनी कि मुसलमान औरतन पर होखत अत्याचार रोके खातिर बनावल तीन तलाक विधेयक के सगरी गोल समर्थल करसु. साथ ही देश में सगरी चुनाव एके साथ करावहूं पर आपसी सहमति बनावे के चाहीं. अलग अलग चुनाव होखला का चलते देश पर बड़हन आर्थिक बोझ पड़ेला आ विकास के काम करावे में बाधा आवेला. राष्ट्रपति जी इहो कहनी कि उनुकर सरकार किसानन के आमदनी दुगुना करावे ला कसम खइले बिया आ एह दिसाईँ कईएक काम शुरुओ करा दीहल गइल बा.
एह अभिभाषण का बाद संसद पहिला फरवरी ले स्थगित क दीहल गइल. ओही दिन सरकार आपन बजटो पेश करे वाली बा.