- बलिया जिला में नदियन के बढ़त पानी से किनार के लोग दहशत में आए लागल बा. गंगा में हर घंटा दू सेन्टीमीटर पानी चढल जात बा. हालांकि घाघरा के पानी दू दिन से थिराइल बा त ओहिजा के लोग राहत के साँस लेत बा. बिल्थरारोड इलाका में चैनपुर गांव का नियरा घाघरा के कटान तेज हो गइल बा. टंगुनिया, चैनपुर, गुलौरा, मठिया, महुआतर, खैरा आ मधुबनी गांव के नाहियो त सौ बिगहा जमीन नदी का पेटा मे जा चुकल बा.
- बलिया के प्रापर्टी डीलर के पिछला दिने भइल हत्या में पुलिस के कुछ सुराग मिलल बा कि एह हत्या के तार जेल में बंद अपराधियनो से जुड़ल बा. चार लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल बा जवना में से एगो सुरेन्द्र सिंह अबहीं जेल में बंद बा.
- शुक का दिने वाराणसी से चले वाली गंगा ताप्ती एक्सप्रेस समेत दस गो रेलगाड़ियन के रद्द कर दीहल गइल. एने एक पखवारा से रेलगाड़ियन के रद्द होखे के सिलसिला रुके के नामे नइखे लेत. जवना चलते रेल से जाए वाला लोग हलकान बा. एक त बड़ा मुश्किल से आरक्षण करावत बा लोग आ जाए का दिने पता चलत बा कि ट्रेनवे रद्द हो गइल बिया.
- बाराबंकी के कोठी थाना में दुष्कर्म के कोशिश का बाद एगो औरत के जरा के मार देबे का मामिला में आरोपी थानाध्यक्ष आ दारोगा के गिरफ्तारी होत नइखे लउकत. पुलिस अधीक्षक कहत बाड़न कि ओह औरत के मरे से पहिले दीहल बयान का आधार पर कवनो गिरफ्तारी ना होखी. जब ले जाँच में कुछ मिल नइखे जात तब ले एह लोग के गिरफ्तार ना कइल जाई.
- अयोध्या के राममन्दिर वाला ढांचा गिरावे का मामिला के सुनवाई करत विशेष न्यायिक मजिस्ट्रेट सूर्य प्रकाश सिंह के प्रोमोशन हो गइला का चलते शुक का दिने एह मामिला के सुनवाई ना हो सकल. अब 18 जुलाई के तारीख पड़ल बा.
- मेहरारू का मौत के शिकायत लिखावे चहुँपल अमनमणि त्रिपाठी के पुलिस पुरान मुकदमन में गिरफ्तार कर लिहलसि आ जेल में चहुँपल अमनमणि आपन ऐंठ पर काबू ना राख पवलें जवना चलते जेल में चहुँपला का कुछ देर बादे उनकर ठुकाई कर दिहले कुछ कैदी. अमनमणि अपना के अलगा बैरक में राखे के माँग कइलन बाकिर जेलर ना सुनलन. ओने उनकर सासु के कहना बा कि हमार बेटी त मर गइल. अब एह मामिला में उनुका कुछ बोले के नइखे. पुलिस आपन फैसला करे कि ओकरा का करे के बा.
- लखनऊ बलिया एक्सप्रेस वाया आजमगढ़ के बनावे के कोशिश तेज करत यूपी सरकार एकर नक्शा बनावे के काम एगो कंपनी के दे दिहले बिया. कंपनी अब रोड मैप तइयार करी जवना का बाद जमीन के अधिग्रहण होखी आ ओकरा बाद काम में हाथ लागी.
- जिला प्रशाासन झोला छाप डाक्टरन का खिलाफ कार्रवाई करे लागल त बासडीह रोड में शुक का दिने झोलाछाप डाक्टरन के सभा क के एह उत्पीड़न के रोके के मांग कइल गइल. झोलाछाप वालन के कहना बा कि ऊ लोग समाज के स्वास्थ्य सेवा के रीढ़ हउवन आ ओह लोग के हटा दिहला का बाद स्वास्थ्य सेवा भीड़ सम्हार ना पाई.
- बलिया के एगो सामाजिक संस्था ‘संकल्प’ शुक का दिने भिखारी ठाकुर के पुण्यतिथि पर श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइलसि जवना के अध्यक्षता कइलन डा़ जनार्दन ठाकुर. कहल गइल कि अभावन का बीचे कलाकार जनमेला आ अपना कृति से समाज के छाती पर लिख के शताब्दियन खातिर अमर हो जाला. अइसने कलाकार रहलन भिखारी ठाकुर.
- पिछले साल से लटकल बीटीसी दाखिला अब यूपी में जिलावार बनल मेरिट सूची से कइल जाई.