टटका खबर, 27 सितम्बर 2017, बुध

सेना आजु बुध का फजीरहीं म्यांमार का सीमा से लगल इलाका में नागा उग्रवादी संगठन नेशनल सोशलिस्ट काउंसिल ऑफ नगालिम (खापलांग) का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई क के बहुते उग्रवादियन के मार गिरवलसि. सेना के कवनो जवान के हताहत होखे के खबर नइखे. कार्रवाई अपने देश के इलाका में भइल आ सीमा पार करे के जरुरत ना पड़ल.

आंतरिक सुरक्षा के चुनौतियन आ राज्यन के कानून व्यवस्था के हालात निकहा से सम्हारे ला केन्द्र सरकार देश के पुलिस बल के आधुनिकीकरण पर अगिला तीन साल में 25 हजार करोड़ रूपिया से अधिका के खर्च करे के योजना बनवले बिया.

देश में डाक्डरन के कमी देखत केन्द्रीय स्वास्थ्य सेवा आ ओही तरह के अउर चिकित्सा सेवा में जुड़ल डाक्टरन के रिटायरमेंट उमिर बढ़ा के 65 परी, क दिहलसि.

अफगानिस्‍तान का काबुल अंतराष्‍ट्रीय हवाईअड्डे पर आजु रॉकेट से हमला कइले स आतंकवादी बाकिर केहू के हताहत होखे के खबर नइखे.

दार्जिलिंग पर्वतीय क्षेत्र में पिछला तीन महीना से बेसी से चलल आवत गोरखा जनमुक्ति मोर्चा के बंद आजु वापस ले लिहला का बाद जनजीवन सामान्‍य होखे लागल बा.

काशी हिन्‍दू विश्‍वविद्यालय में हाल के बवाल के नैतिक जिम्‍मेदारी लेत ओकर चीफ प्रोक्‍टर ओंकार नाथ सिंह आपन इस्तीफा दे दिहलन जवना के सकार लीहल गइल बा.

अमरीका के प्रतिनिधि सभा में आजु प्रस्ताव पेश कइल गइल जवना में संयुक्‍त राष्‍ट्र सुरक्षा परिषद में भारत के स्‍थाई सदस्‍यता के समर्थन कइल गइल बा.

यूपी का गोण्डा जिला के देहात कोतवाली इलाका में अडगडानंद आश्रम का नियरा बगइचा में भइल मुठभेड़ का बाद पुलिस पांच गो डकैतन के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल.

बिहार कांग्रेस के नयका बहाल कार्यकारी अध्यक्ष कौकव कादरी कहले बाड़न कि उ बड़का नेता लोग के सहयोग से बिहार में संगठन बरियार करे का दिशाईं काम करीहें.

यूपी के गाजीपुर जिला के जमानियां कोतवाली इलाका के चौधरी मुहल्‍ला के एगो आदमी पारिवारिक कलह से आजिज आ के फांसी लगाके जान दे दिहलसि.

यूपी के मऊ जिला के मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका के चालीसवाँ गाँव के एगो मेहरारु अपना कोठरी में फाँसी लगा के मर गइल.

गाजीपुर जीला के नोनहारा इलाका के मुहम्‍मदपुर बलुआ गांव के एगो बूढ़ काल्हु रात इनार में गिर गइल जवना का बाद ओकर मौत हो गइल.

बक्सर जिला के कोरानसराय इलाका के मुसहरवा डेरा का नियरा भइल सड़क हादसा में जिला पार्षद रह चुकल एगो राजद नेता के मौत हो गइल आ कुछ अउर लोग घवाहिल हो गइल.

मऊ के सदर विधानसभा के विधायक मुख्तार अंसारी आ सात गो अउरी आरोपियन के साल 2009 के 29 अगस्त का दिने भइल ठेकेदार मन्ना सिंह आ राजाश राय के हत्या के मामिला में मऊ के एगो अदालत बरी क दिहलसि. एही मामिला में तीन गो अउरी आरोपियन के उमर कैद के सजा सुना दिहलसि अदालत.

बिहार के सरकारी अस्पतालन में मरे वाला मरीजन के अब मुफ्त में लाश गाड़ी के सेवा दीही सरकार.

Loading

Scroll Up