टटका खबर ०९ जनवरी

08 जनवरी (वार्ता)
मिर्जापुर के अति पिछला आदिवासी इलाका के एगो तेरह साल के लइकी आ महुलार गाँव के सरजू के बेटी सविता जवन खुद सरस्वती विद्या मंदिर मे सतवीं में पढ़ेले अपना अगल बगल के लइकियन आ औरतन के साक्षर बनावे में लागल बिया.
सविता उहे करत बिया जवन काम पाकिस्तान में मलाला कइली बाकिर एहिजा सविता के तालिबान से कवनो खतरा नइखे. सविता के इंडिया टूडे से एह काम ला पुरस्कारो मिलल बा आ अब ओकर नाम राष्ट्रपति पुरस्कार खातिर भेजल गइल बा.

गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर इलाका के बसहां गांव मे सात जनवरी के देर रात महतारी आ बेटा के गोली मार के मुआ दीहल गइल. बरौली थाना के सिसई गाँव के धर्मेश्वर कुंवर, उमिर ८५ बरीस, आ उनकर छियासठ साल के बेटा धर्मनाथ साह पिछला एक साल से अपना दामाद छोटेलाल साह का घरे रहत रहे लोग. पुलिस के इ मामिला संपति के झगड़ा वाला लागत बा.

बक्सर जिला के मुफस्सिल थाना इलाका के पांडेपट्टी गांव में महालक्ष्मी ज्वेलर्स के सदर दरवाजा प लागल ताला तूड़ के दुकान में राखल दस लाख रुपिया के गहना चोरा लीहल बा. चोरी ८ जनवरी भोर में भइल बा.

दिल्ली में होखत प्रवासी भारतीयन के बारहवाँ सम्मेलन मे ८ जनवरी के बोलत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहलन कि अगिला चुनाव के नतीजा चाहे जवन होखे भारत के भविष्य का बारे में चिंता कइला के जरूरत नइखे. कहलन कि हमनी का बढ़िया दिन ओर बढ़त बानी जा आ खुशी के बात बा कि देश के नवही राजनीति में सक्रिय रुचि लेबे लागल बाड़े.

तकनीकी शिक्षा के क्षेत्र में भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थानन के बढत अंतर्राष्ट्रीय प्रतिष्ठा देखत मलेशिया के प्राकृतिक संसाधन अउर पर्यावरण मंत्री दातुक सेरी जी. पलनिवेल प्रवासी भारतीय सम्मेमलन में बोलत घरी निहोरा कइलन कि भारत उनुको देश में आईआईटी के एगो संस्थान खोले.

मऊ के कोपागंज इलाका में सहरोज गाँव का नियरा भइल हादसा में एगो ट्रक पलटला से ओह पर लादल एगारह गो गाय मर गइली स. गायन के तस्करी क के ले जात रहले स तस्कर जब इ हादसा भइल. एह मामिला में लापरवाही बरते वाला दू गो सिपाहियन, नगीना यादव आ मुन्ना यादव, के खिलाफ जाँच के आदेश दीहल गइल बा.

बोतल मे बिकात पानी का खिलाफ सत्याग्रह करे के गोहार लगवले बाड़न मैग्सेसे पुरस्कार से सम्मानित जलपुरुष डा. राजेन्द्र सिंह. उनकर कहना बा कि एगो साजिश का तहत देश के पानी के दूषित बता के बोतल बंद पानी के व्यापार बढ़ावल जात बा. एक साल बाद इ व्यापार सवा लाख करोड रुपिया ले चहुँप जाई.

अपना दल के महासचिव आ वाराणसी के रोहनिया से विधायक अनुप्रिया पटेल कहले बाड़ी कि अगिला लोकसभा चुनाव अपना दल अपने बूते लड़ी आ कवनो दोसरा गोल से गठबन्हन ना करी.

वाराणसी के सिगरा लहरतारा जल विहार कालोनी से गाड़ी चोरावे वाला अन्तर्जनपदीय गिरोह के चार गो सदस्यन के गिरफ्तार क के ओकनी का कब्जा से दस गो मोटरसाइकिल, दू गो टाटा सूमो आ असलहा बरामद कइल गइल बा. इ गिरोह गोरखपुर. देवरिया. गाजीपुर. वाराणसी वगैरह जिलन से पचासन गाड़ी चोरा चुकल बा.

बेतिया के गौनाहा प्रखंड के मनरेगा कार्यक्रम पदाधिकारी हरिशंकर प्रसाद के 25 हजार रूपये रिश्वत लेत में रंगे हाथ गिरफ्तार क लिहलसि निगरानी टीम.

वाराणसी के चोलापुर इलाका में अपना खेत मे रखवारी करे सूतल सत्तर साल के वंशराज पटेल के मूड़ी कूच के हत्या क दीहल बा. ८ जनवरी के सबेरे एह बात के जानकारी मिलला प उनकर बेटा गावे के दू जने पर अछरंग लगवले बाड़े.

भारतीय राजनयिक देवयानी से भइल दुर्व्यवहार का बाद कड़ा रूख अपनवले भारत अब अमेरिकी दूतावास मे व्यावसायिक गतिविधियन प रोक लगा दिहले बावे आ अमेरिकी राजनयिकन के मिले वाला तरह तरह के सुविधा हटा लिहले बावे. दूतावास में चलत रेस्टोरेट, पार्लर बार, आ स्वीमिंग पूल के सोलह जनवरी ले बंद क देबे के कहल गइल बा.

बंगलादेश मे हिन्दुअन पर होखत लगातार हमला प चिंता जतावत भाजपा केन्द्र सरकार से मांग कइले बिया कि कूटनीतिक दबाव बना के एह तरह के वारदार रोकवावे.

चंदौली जिला के अपराध शाखा टीम आ इलिया थाना के पुलिस सात जनवरी के साँझ खखडा पुल का नियरा सात गो असलहा तस्कर, मिठाई लाल, सुनील गुप्ता उर्फ बम, धीरज जायसवाल, त्रिलोकी गुप्ता, संतोष जायसवाल, राजेश कुमार गुप्ता अउर गोपाल के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से चार गो पिस्टल, 32 बोर देशी, 14 कारतूस, एगो पिस्टल 9 एमएम देशी, पांच गो कारतूस, एगो रिवाल्वर 38 बोर देशी, तीन गो कारतूस, एगो तमंचा 315 बोर, एगो तमंचा 12 बोर, कुछ कारतूस आ तीन गो मोटर साइकिलें बरामद भइल.

कांग्रेस साफ कइलसि कि प्रियंका गाँधी के मुलाकात के कवनो राजनीतिक मकसद ना रहे आ उ अपना भाई का घरे आइल पार्टी के बड़का नेता लोग से शिष्टाचार का नाते मिलल रही.

गाजीपुर जिला के सुहवल इलाका में एगो ट्रक के चपेट मे पड़ के मोटरसाइकिल से आवत मुहल्ला चम्पाबाग के व्यवसायी मुनीस हैदर, 36, आ बिलैचीया गांव के प्यारे शर्मा,26 के मौत हो गइल. हादसा भगीरथपुर मोड का नियरा भइल आ एकरा बाद चालक ट्रक लेके फरार हो गइल.

गोरखपुर जिला के राजघाट इलाका के तुर्कमानपुर मोहल्ले मे सात जनवरी का रात संतकबीरनगर जिला के एआरटीओ, प्रशासन महेन्द्र दत्त तिवारी फाँसी लगा के जान दे दिहले. उनकर नौकर बतवलसि कि पिछला सोमार का दिने जब तिवारी जी संतकबीरनगर से गोरखपुर लवटत रहले त नौसढ चौराहा पर उनका निजी कार से आरटीओ आ यातायात पुलिस के संयुक्त टीम नीली बत्ती उतरवा दिहले. तबे से उ परेशान रहत रहले.

आजमगढ जिला के कप्तानगंज इलाका में ओरा गाँव के हरेन्द्र यादव, 39, के लाश फाँसी प लटकल मिलल. बाकिर पुलिस एह मामिला के संदिग्ध मानत बिया आ तफतीश में लागल बिया.

Loading

Scroll Up