टटका खबर, शुक, १६ मार्च २०१२

डीएलडब्ल्यू मजदूर संघ, बनारस के होली मिलन

(डीएलडब्ल्यू संस्थान पर होली मिलन में संगठन के अनेके पदाधिकारी आ सदस्य मौजूद रहले. खास कर के मुकेश करिडोल, विनोद बाजपेयी, वाई के मालवीय, ए के सक्सेना, पीएन द्विवेदी, पी एन सिहं, बाबूलाल, एस एन पाठक, आर के सिंह, आर के नचकनी, विनोद बाजपेयी, अध्यक्ष नरेन्द्र मिश्र, महामंत्री आरबी त्रिपाठी, जेपी तिवारी सोमेश्वर राम, राम प्रसाद शर्मा, मुकेश सिंह, अमित सिंह, आलोक सिंह, बीडी दुबे, रामायण यादव, बच्चेलाल यादव, प्रदीप पाल, सुरेश सिन्हा, सुरेश विश्वकर्मा, वेद सिहं, राम सिंह, राकेश पाण्डेय, अखिलेश राज, मानवेन्द्र पाण्डेय, अष्टभुज मिश्रा, अविनाश पाठक वगैरह.)

उत्तर प्रदेश

  • राज्यसभा के दस सीट खातिर होखे वाला चुनाव में सपा का ओर से पाँच जने आ कांग्रेस का ओर से एक जने आपन परचा दाखिल कइलन. सपा एहिजा से छह गो सीट जितावे लायक बिया जबकि कांग्रेस के बेंवत एकहू सीट लायक नइखे. बसपा दू सीट पर आ भाजपा एक सीट पर जीत जाई. सपा का ओर से नरेश अग्रवाल, किरणमय नंदा, दर्शन सिंह यादव, ब्रजभूषण तिवारी आ मुनव्वर सलीम जबकि कांग्रेस का ओर से रशिद मसूद परचा दाखिल कइले. बसपा का ओर से दू गो परचा, मायावती आ मुनकाद अली के, पहिलही दाखिल हो चुकल बा. परचा दाखिल करे के आखिरी तारीख उनइस मार्च बावे.
  • अखिलेश यादव मायावती का जमाना के सगरी अधिकारियन के मुख्यमंत्री सचिवालय से हटा दिहलन. अब राजेन्द्र मोहन श्रीवास्तव के प्रमुख गृह सचिव आ राजीव कुमार के प्रमुख सचिव बनावल गइल बा, अनीता सिंह आ आलोक कुमार के मुख्यमंत्री के सचिव बनावल गइल बा.
  • बेरोजगारी भत्ता देबे में उमिर सीमा के प्रावधान से बहुते बेरोजगारन के नाराजगी बा काहे कि सपा चुनावी वादा में उमिर के बन्धन ना लगवले रहुवे. पिछला सपा सरकार में पचीस साल के उपर के बेरोजगारन के बेरोजगारी भत्ता दिआत रहुवे. अब पैंतीस साल से उपरे के बेरोजगार के भत्ता दिहल जाई.

बिहार

  • बिहार सरकार राज्य में दाखिल खारिज करे के प्रक्रिया आनलाइन करे के एलान कर दिलसि. सर्वे मानचित्र के डिजिटलाईज कर दिहल जाई जेहसे ई सुरक्षित रहि पावे.

देश

  • टाइम्स मैगजिन अपना नयका अंक के कवर पर नरेन्द्र मोदी के तस्वीर छपले बिया. उनुका काम के बहुते बड़ाई भइल बा बाकिर सवालो उठावल बा कि का ऊ भारत के प्रधानमंत्री बन सकीहें का?
  • सलमान रुशदी काल्हु दिल्ली में इण्डिया टूडे कनक्लेव के संबोधित करीहें. दू महीना पहिले उनुकर जयपुर के कार्यक्रम मुसलमानन के विरोध का चलते ओहिजा के कांग्रेस सरकार टरवा दिहले रहुवे. बाकिर दिल्ली में सलमान के कार्यक्रम के विरोध ना त दिल्ली सरकार करी ना केन्द्र सरकार ना कवनो मुस्लिम संगठन.
  • राज्यसभा चुनाव में ममता कांग्रेस के ठेंगा देखवली. ओहिजा से पाँच गो सीट के चुनाव में वामदल एक सीट जीत सकेले आ ओकरा बाद उनुका लगे कुछ फालतू वोट बाच जाई. ओह वोट पर कांग्रेस टकटकी लगवले बिया बाकिर चार गो सीट खातिर तृणमूल अपान उम्मीदवारन के एलान कर दिहलसि. वाम मोर्चा का ओर से सीटू महासचिव तपन सेन आपन परचा दाखिल करीहें जबकि तृणमूल का ओर से मुकुल राय, कुणाल घोष आ नदिमुल हक के उम्मीदवार बनावल गइल बा. चउथा सीट पर विवेक गुप्ता के नाम दिहल गइल बा. पार्टी के भरोसा बा कि ऊ अपना लोकप्रियता का चलते चुनाव जीत लीहें.
  • पाकिस्तान से आइल न्यायिक आयोग २६ नवंबर के मुंबई आतंकी हमला के गवाहन के बयान दर्ज करे के काम शुरू कइलसि.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु केन्द्र आ राज्यसरकारन से साल २००८ से २०११ का बीच अपना घर से गायब एक लाख लड़िकन का बारे में जबाब मंगलसि. अनेसा बा कि एहमें से अधिकतर बचवन के भीख माँगे, वेश्या का धंधा आ बाल मजदूरी में लगावल गइल बा.

दुनिया

  • अफगानिस्तान में बगरामी इलाका में एगो हेलीकॉपटर दुर्घटना में नाहियो त चौदह लोग के जान जाये के खबर बा. हेलीकाप्टर तुर्की सेना के रहुवे आ एहो मकान पर गिर गइल.
  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हमीद करजई कहले बाड़न कि देश के सुदूर इलाकन से विदेशी सेना के हटा लिहल जाव.
  • तुर्की अपना नागरिकन के सीरिया छोड़ देबे के कहलसि. ऊ आपन दूतावासो २२ मार्च से बंद करे के फैसला कइले बावे.

खेल

  • सचिन तेंदुलकर आपन सैकड़ा के सैकड़ा त लगा लिहलन बाकिर भारत के ई खूशी ढेर देर ले ना टिक पावल काहे कि बांगला देश भारत के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. अब भारत के फाइनल खेले पर सवालिया निशान लाग गइल बा. वइसे ई पहिलहू कई बेर भइल बा कि सचिन के सैकड़ा भारत के ना सहे आ ओकरा ओह मैच में हारे के पड़ेला जवना में सचिन शतक लगा लेलें. आजुओ उहे भइल बा.
  • एक साल से आपन महाशतक बनावे का फेर में सस्ते मे आउट होखत सचिन तेंदुलकर आजु आखिरकार आपन महाशतक जमाइये लिहलन. उनुका एह सफलता पर राष्ट्रपति प्रधानमंत्री समेत बहुते लोग बधाई देत बा आ फेर एक बेर सचिन के भारत रत्न बनावे के बाति शुरू हो गइल बा.
  • नेपाल में होखत एएफसी कप फुटबाल टूर्नामेंट का फाइनल में उत्तर कोरिया आ तुर्कमेनिस्तान का बीच खेल होखी.

बिजनेस

  • बजट २०१२ के कांग्रेस का तरफ से प्रशंसा त बाकी सगरी दल का तरफ से आलोचना मिलल बा. आम आदमी के त ठकुआ मार दिहले बा. एक हाथ से आयकर में कमी के झुनझुना थमावत दोसरा हाथ से प्रणव दादा ओकर पाकिट खाली कर दिहलन.
  • शेयर बाजार आजु के बजट से बहुते निराश भइल आ सेंसेक्स २१० अंक नीचे गिर के बंद भइल. रूपिया डॉलर के मुकाबले बीस पइसा मजबूत भइल.
  • कच्चा तेल के दाम आजु बढ़ के १०५.६४ डॉलर प्रति बैरल हो गइल.

शिक्षा

  • यूपी बोर्ड के मैट्रिक आ इंटर परीक्षा आजु से शुरु हो गइल. कतहीं से कवनो नकल करे वाला के पकड़ाये के खबर नइखे. सपा नकल विरोधी कानून के विरोधी मानल जाले. कल्याण सिंह का शासनकाल में बनल नकल विरोधी कानून के मुलायम मुख्यमंत्री बनते पहिला फैसला ले के हटा दिहले रहले.
  • यूपी के १९७७ बैच के आईएएस अधिकारी रहल नूर मोहम्मद आजु अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के कार्यवाहक कुलपति के काम आजु से सम्हार लिहलन.

आम बजट

  • बजट पेश होखते संसद सोमार तकले स्थगित कर दिहल गइल.
  • शयेर बाजार में मामूली बढ़त देखे के मिलत बा.
  • सेवा कर बढ़वला का चलते शादी बिआह, ब्यूटी पार्लर, शामियाना पंडा, केटरिंग, डेकोरेशन वगैरह महँगा हो जाई.
  • चार्टर्ड एकाउन्टेन्ट के सेवा महँग भइल.
  • सोना, हीरा आ प्लैटिनम पर आयात शुल्क बढ़ावल गइल.
  • रंगीन पत्थर पर आयात शुल्क बढ़ावल गइल.
  • एड्स आ कैंसर के दवाई सस्ता होई.
  • सिगरेट महँग भइल.
  • पेट्रोल महँगा होखे के पूरा आसार.
  • एलसीडी, एलईडी सस्ता होखी.
  • कुछे सेवा छोड़ सगरी सेवा पर सर्विस टैक्स लागी.
  • होटल, रेस्टोरेंट, फोन, बड़की कार, एसी, फ्रिज, टीवी, कोचिंग, हवाई सफर महँग भइल.
  • उत्पाद कर में दू फीसदी के बढ़ोतरी भइल.
  • विदेशी साइकिल आ ओकरा कलपूर्जा पर टैक्स बढ़ल.
  • माचिस पर उत्पाद कर घटावल गइल.
  • सोया उत्पाद पर से कस्टम ड्यूटी घटावल गइल.
  • अगिला साल के बजट पेश भइल.
  • सेवा कर दस फीसदी से बढ़ा के बारह फीसदी कर दिहल गइल.
  • आयकर के सीमा १ लाख ८० हजार से बढ़ा के २ लाख रुपिया भइल.
  • रक्षा बजट खातिर १ लाख ९३ हजार ४०७ करोड़ रुपिया होखी.
  • २ लाख से ५ लाख ले १० फीसदी टैक्स, ५ से १० लाख पर २० फीसदी आ १० लाख से बेसी पर ३० फीसदी का दर से टैक्स लगावल जाई.
  • दस लाख रुपिया तक के आमदनी वाला लोग खातिर शेयर में पचास हजार रुपिया तक के निवेश पर ५० फीसदी कर छूट दिहल जाई.
  • कार्पोरेट टैक्स में कवनो बदलाव ना भइल.
  • किसान क्रेडिट कार्ड के इस्तेमाल एटीएमो पर कइल जा सकी.
  • आधार कार्ड बनावे के काम चालू रही.
  • शिक्षा के अधिकार खातिर २५,५५५ करोड़ रुपिया के आवंटन.
  • वरिष्ठ नागरिकन के एडवांस टैक्स जमा करे से मुक्ति.
  • साठ हजार करोड़ के इंफ्रास्ट्रक्चर बांड जारी होखी.
  • बिल्डर अब विदेश से कर्जा ले सकीहें.
  • समय पर कर्जा चुकावे वाला किसानन के तीन फीसदी के अलगा से छूट.
  • मरद औरत के टैक्स छूट एक बराबर कइल गइल.
  • जीएसटी अगस्त २०१२ से लागू कर दिहल जाई.
  • सिक्यूरिटी ट्रांजेक्शन टैक्स मे बीस फीसदी के कमी कइल गइल.

Loading

Scroll Up