मध्यप्रदेश के इंदौर में जनमल, पढ़ल आ कैरियर का तलाश में मुंबई आइल हितेन्द्र सिंह कवनो परिचय के मोहताज नइखन रहि गइल. निर्माता अनिल कुशवाहा आ निर्देशक मंजुल ठाकुर के फिल्म “आवऽ ना ओढ़ा दीं ओढ़निया ए राजा जी” से भोजपुरी सिनेमा में ब्रेक मिलल. ई फिल्म आजु काल्ह बिहार में पाँचवा हफ्ता में चलत बिया आ एकर धमाल अबहियो कायम बा.
हितेन्द्र के कहना बा कि कवनो फिल्म के सफलता में पूरा टीम के योगदान रहेला. अगर नींव मजबूत होखे त इमारतो मजबूत बनावल जा सकेला. कवनो फिल्म के नींव ओकर कहानी, पटकथा, संवाद, आ गीत संगीत से बनेला. अनिल कुशवाहा आ अनिल आनन्द के आभार जतावत हितेन्द्र बतवले कि ऊ लोग जानेला कि भोजपुरी के दर्शक का चाहेलें. आ एह फिल्म के निर्देशन में त मंजुल ठाकुर कमाल कर देखवले बाड़े.
भोजपुरी का बारे में बतावत हितेन्द्र सिंह कहलें कि भोजपुरी इन्दौरो में बोलल जाले आ एकरा से ऊ पहिलहीं से परिचित रहलें. शूटिंग खातिर बिहार अइलें त देखलें कि एहिजा के लोग बेहद मिलनसार आ नेकदिल हऽ. भोजपुरी फिल्मन के विकास का बारे में हितेन्द्र के कहना बा कि अइसनका फिल्म बने के चाहीं जवना से भोजपुरी के बढ़न्ती होखो, आ एकरा के फूहड़पन परोसे से बचावे के जरुरत बा.
(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)